
त का घाटा मेहरारू से
Read Count : 9
Category : Poems
Sub Category : N/A
बड़ा मनउली देवता पित्तर ।
मेहरी चाही हमें पवित्तर ।
हमरो सपना साच भइल बा ।
पूरा मोर बनवास भइल बा ।
बहुते सपना जोड़ले बानी ।
मन क सिकहर तोड़ले बानी ।
गुस्साईब खिसियाईब खूबे
चिखब नीमक तारु से,
त का घाटा मेहरारू से ।
जब जब हमरो माथ पिराई ।
सरसो अजवाइन ओंईछाई ।
घीव से छंउकल दाल मिली ।
जब भात में ओकर बाल मिली ।
तब करब शिकायत साढ़ू से,
त का घाटा मेहरारू से
बइठ के हमहू गाल बजाइब ।
पथरे पर हम दुब उगाईब ।
बदलल हमरो चाल मिली ।
तब फुलल पचकल गाल मिली ।
तू जाके पूछा सोमारु से,
त का घाटा मेहरारू से ।
गांव क मनई गांव नियन बस ।
हमरो धनिया छाँव नियन बस ।
केतनन के हम देखले बानी ।
साल खांड़ क राजा रानी ।
झगड़ा, मूसर - झाड़ू से,
त का घाटा मेहरारू से ।
~ धीरेन्द्र पांचाल
Comments
- No Comments

