बदरिया
Read Count : 114
Category : Poems
Sub Category : N/A
चान छुपउले जाली कहवाँ , घुँघटा तनिक उठाव ।बदरिया हमरो केने आव । बदरिया हमरो केने आव ।झुलस रहल धरती के काया छाया ना भगवान लगे ।तोहरे बिना ये हो बदरी सब कुछ अब सुनसान लगे ।लह लह लहके रेह सिवाने कातर नजर हटाव ।बदरिया हमरो केने आव । बदरिया हमरो केने आव ।पेंड़ कटत बा निशिदिन चिरईन के खोतवा बिरान भइल ।खेत कियारी नदी कछारी सगरों जस शमशान भईल ।जार रहल बा देहियां सूरज के तनिका समुझाव ।बदरिया हमरो केने आव । बदरिया हमरो केने आव ।गोरुअन के सुबिधा के दुबिधा घास खंचोली पाईं ना ।गाय के थाने दूध ना उतरे दुःख बतावल जाई ना ।पुरुवा के संग चुरुवा रोपले ठाढ़ ह पूरा गांव ।बदरिया हमरो केने आव । बदरिया हमरो केने आव ।अइसन का भकुआय गयल बाड़ू हमके समुझावा ।हिय में कउनो पीर होखे त आवा बइठ बतावा ।सुख दुःख मिलके बाँट लिहल जाइ पिपरा के छाँव ।बदरिया हमरो केने आव । बदरिया हमरो केने आव ।✍️ धीरेन्द्र पांचाल